खबर लहरिया औरतें काम पर हमार त बहीन जी रहीयन

हमार त बहीन जी रहीयन

m ahila mudda 21-3-2014

श्यामदुलारी

जिला वाराणसी, ब्लाक चोलापुर, गावं सिन्धोरा यादव बस्ती। वाराणसी में चुनाव के लेके खूब हलचल मचल हव। कोई मोदी के त कोई काग्रंेस में हव। एही सब के लेके हमने गावं के महिला श्मामदुलारी से बात कइली त ओन कर कहब हव कि हमार त बहिन जी हईन। आउर हमने बसपा के ही वोट देब।
सवाल- ए समय चुनाव के माहौल हव। आप लोग के केकर सरकार बनावे के मन बा?
जवाब- हव चुनाव के माहौल त बा। हमने अबकी बारी बसपा के वोट देवे वाली हई। सबकेे त दे चुकली एक बार एनके भी देई।
सवाल- आप लोगन के का लगत हव, काहें के बसपा के सरकार बने के चाही?
जवाब- सबकर करनी त देखा गयल। अगर बसपा के सरकार बनी त हो सकला कि हमने के गंाव के कुछ विकास होवे।
सवाल- अगर कउनों आउर सरकार बनल त। तब तू लोगन के का विचार हव?
जवाब- अगर हमने के जहिसन सबकर सोच रही त बसपा के सरकार होई। मेहराय लोगन के उपर एतना अत्याचार होत हव। हो सकला कि अगर बसपा के सरकार आवे त ओकरे राज में कम आतंक होला। मेहरारून के उपर अत्याचार भी कम हो जाए।