खबर लहरिया वाराणसी सड़क पर चले नेता विधायक

सड़क पर चले नेता विधायक

kasba Choubepur

इ हाल पड़ल हव सड़क के

जिला वाराणसी, ब्लाक चोलापुर, चैबेपुर चैराहा। इहां से मुनारी जाए वाली सड़क लगभग एक साल से खराब पड़ल हव। इ सड़क पर से दस हजार लोग रोज आवत जात होइयन। सरकार चुनाव के समय हजार वादा करला लेकिन सब कहाँ जाला पता नाहीं।
राजू, मालती, मनोज, कमलेश इ सब लोगन के कहब हव कि इ गढ्ढा केतना दिन से पड़ल हव। एकरे वजह से आय दिन कुछ ना कुछ होल करला। इ रास्ते पर केतना नेता आवल जाल करलन लेकिन इ सड़क के कुछ नाहीं होत।
प्रधान के वादा अलग रही विधायक के वादा अलग रही। लेकिन कोई के भी एक भी वादा पूरा ना हो पाई। प्रधान कहलन कि इ सड़क हमरे जिम्मे नाहीं हव। पी. डब्ल्यू. डी. के जिम्मे हव ।